मन में नेह के तार
बहुत बा
ई नदिया में धार
बहुत बा
तनिको चूक के मौका
नइखे
गर्दन पर तलवार
बहुत बा
सौ एके छप्पन के
आगे
पर्चो भर अख़बार
बहुत बा
के अब केकर दुःख
बाँटेला
आपस के व्यवहार
बहुत बा
मिल जाए त कम मत
बुझिह
चुटकी भर संसार
बहुत बा
काहें गाँव से
भागत बा’ड़
गाँव में कारोबार
बहुत बा
:- देवेन्द्र गौतम
08527149133